पिकनिक मना के लवटति में दुर्घटना

भारत नेपाल सीमा पर भिखनाठोरी से पिकनिक मना के मोटरसाइकिल से लवटति तीन गो इंजीनयरिंग छात्र के मोटरसाइकिल सहोदरा थाना का लगे मोड़ पर बेकाबू हो के एगो गाछि से टकरा गइल जवना का बाद एगो छात्र रुपेश के मौत ओहिजे हो गइल. दोसर घवाहिल नीतेश यादव के मौत अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल आ तिसरका अभिषेक के पटना अस्पताल भेजल गइल बा जहवां ओकरो हालत गंभीर बा. तीनो चेन्नई के एगो इंजिनियरिंग कालेज के पहिला वर्ष के छात्र रहलें आ छुट्टी में घरे आइल रहलें. रुपेश कोतराहा गांव के आ नीतेश डकहवां गांव के रहलें. अभिषेक बेतिया परबतिया टोला के हउवे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..