पिछला सरकार घोटालन के सरकार रहल

मंगल का दिने हज यात्रियन के लॉटरी निकाले का मौका पर उत्तरप्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि पिछला सरकार घोटालन के सरकार रहल आ ओहमें नाहियो त चालीस हजार करोड़ के घोटाला भइल बा. कहलन कि गँवे गँवे एह घोटालन के परत उघड़े लागल बा आ जल्दिए कुछ अउरी घोटाला सामने आ सकेला.

अखिलेश यादव कहलन कि चुनावे घरी ऊ अनेसा जतवले रहलन कि मायावती सरकार में बड़हन पैमाना पर घोटाला भइल बा जवन अब सही साबित होखे लागल बा. कहलन कि पिछला सरकार क दौरान एनआरएचएम घोटाला, इको पार्क घोटाला, नोएडा घोटाला, पार्क घोटाला, हाथी घोटाला समेत एक दर्जन घोटाला अबहीं ले सामने आ चुकल बा. पिछला सरकार के अनेके मंत्री एह घोटालन मे शामिल रहले जवना के अब सबूतो मिले लागल बा. कहलन कि जाँच करावल जात बा आ एहमें सनाइल लोग जल्दिये उघार कर दिहल जइहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।