पिस्तौल लिहल राज्यपाल से मिले चहुँप गइल एगो लोकगायक

आगरा में भइल एगो समारोह में यूपी के पुलिसिया इंतजाम के एगो बड़का चूक सोझा आइल जब एगो लोकगायक महाबीर सिंह पिस्तौल लिहले दू बेर राज्यपाल का सोझा ले चहुँप गइल दुसरका बेरा पिस्तौल सम्हारत महाबीर सिंह पर पुलिस के नजर पड़ गइल त ओकरा के पकड़ लीहल गइल आ पिस्तौल जब्त कर लिहलसि पुलिस..

चौधरी मंजीत सिंह स्मृति जनसेवा समिति के एह आयजन में पहिला लापरवाही तब लउकल जब सुरक्षा के डी घेरा का भीतर कुर्सी लगावल गइल. पुलिस से एह पर नोकझोंको भइल.

पुलिस अब सगरी मामिला के जाँच करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *