पीसी खुश रहतन अगर देश में उत्तर भारत ना रहीत

एगो शर्मनाक बयान में देश के गृहमंत्री पी चिदम्बरम अमेरिका के राजदूत टिमोथी रोएमर से कहले रहलन कि देश बेसी आ बढ़िया विकास करीत अगर उत्तर भारत एकरा में ना रहीत. उनुका हिसाब से देश के सगरी विकास बस दक्षिण भारत आ पश्चिमी भारत के राज्यन से होखेला. साल २००९ में कहल एह बाति के खुलासा विकिलीक्स कइले बा. एह विचार के राखेवाला आदमी के केन्द्रीय मंत्रीमण्डल में ना राखे के चाहीं आ गृहमंत्री का पद पर अउरी ना जे देश के अलग अलग हिस्सा का बारे में अलग राय राखेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।