पी.जे.म्यूजिक 'गोला बारूद' के अधिकार खरीदलसि

संगीत का मैदान में आपन अगुआ भूमिका निबाहत ‘पी.जे. म्यूजिक’ फ़िल्म ‘गोला बारूद’ के सगरी गीतन के अधिकार खरीद लिहले बावे. एह फिल्म के संगीत के धूम मचे वाला बा सिने जगत में. ग्रीन चिल्ली मीडिया एण्ड फिल्म्स प्रा.लि. के बनावल एह फिलिम के संगीत संगीत अशोक कुमार दीप अउर सिद्धार्थ श्रीवास्तव के आ गीत श्यामजी श्याम अउर अशोक कुमार दीप के हवे. निर्देशक हउवें हैरी फर्नाडीज. एगो खास गीत के निर्देशन राजकुमार पाण्डेय कइले बाड़न. फिल्म के मुख्य भूमिका में रवि किशन, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पाखी हेगड़े, पंकज केसरी, प्रतिभा पाण्डेय, अनारा गुप्ता, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, गोपाल राय, अवधेश मिश्रा अउर बृजेश त्रिपाठी संगे आईटम डांसर संभावना सेठ, सीमा सिंह आ स्पेशल गीत पर हॉट क्वीन अंजना सिंह बाड़ी.

एहसे पहिले पी..जे. म्यूजिक ‘कजरा मोहब्बत वाला’ के संगीत जारी कइले रहल जवना के सिनेप्रेमी बहुते पसंद कइलें. अब वइसने सफलता के उमेद ‘गोला बारूद’ के संगीतो से कइल जात बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..