पुतिन चउथका बेर बनलन रूस के राष्ट्रपति

बीजिंग, 19 मार्च (वार्ता) रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन लगभग 74 फीसदी रिकॉर्ड भोट ले के रुस के राष्ट्रपति पद ला भइल चुनाव में जीत दर्ज कइलन.
एह जीत का साथही ऊ लगातार चउथा बेर देश के राष्ट्रपति पद सम्हरिहें. एह चुनावी जीत का बाद ऊ अगिला छह बरीस ले रुस के राष्ट्रपति बनल रहीहें. राष्ट्रपति के रूप में उनुकर चउथा कार्यकाल 2024 ले चली.
जोसेफ स्टालिन का बाद बीस बरीस से बेसी ले रूस के सत्ता सम्हारे वाला पुतिन देश के पहिला नेता होखीहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।