पुलिस का लापरवाही से लइका के जान गइल

सारण जिला के मढ़ौरा से शनिचर का दिने बिसमिल्ला अंसारी के सात साल के बेटा याजदान गायब हो गइल त ऊ थाना में अपहरण के केस दर्ज करावे गइलन. बाकिर थाना के लोग अपहरण के मामिला दर्ज ना कइल आ कहल कि जा कहीं एने ओने चल गइल होई, जा के खोजऽ. जबकि ऊ बतवले कि उनुका मोबाइल पर फिरौती के माँग भइल बा.

अब काल्हु बुध का दिने विकास कुमार आ बबलू कुमार नाम के दू गो लइकन के याजदान के अपहरण आ हत्या के आरोप में गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस अगर शनिचरे से सक्रिय भइल रहीत त शायद याजदान के जान ना गइल रहीत.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।