पुलिस के मार से भागत लड़िका मरला का बाद बलिया में बवाल

बलिया के विजईपुर मुहल्ला में आजु सबेरे कुछ जुआड़ियन के पुलिस घेर के मारे लागल त जुआड़ी भाग निकलले सँ. बाद में एगो घवाहिल लड़िका के लाश कटहर नाला में मिलला का बाद से जनता खिसिया के जगदीशपुर चौराहा जाम क देले बिया. पुलिस प्रशासन मामिला सलटावे में लागल बावे. चौराहा पर पुलिस पूरा ताकत से आ एंबुलेंस अउर दमकल के गाड़ी ले के खड़ा बावे आ लोग के समुझावे बुझावे में लागल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।