पुलिस थाकल टरेफिक वेवस्था पुरनके नाहिन

बलिया। इहवां शहर के टरेफिर वेवस्था में कुछु दिन पहिले बहुते बड़हन बदलाव कइल गइल रहल पुलिस के अधिकारियन द्वारा। हर चउराहा पर पुलिस देखार्इ देत रहल बाकी कुछुए दिन बितला के बाद मय पुलिसवाला चउराहा पर से हटि गइलन स आ मय गाड़ी ओहि तरे चले लगली स जइसे पहिले के बेरा चलत रहली स। मय रोकल झेकल टूटि गइल, पुलिस के लगावल डरम के एनी ओनी खेसकाइ के लोग आपन राह बना ले ले बा। पुलिस अधीक्षक के धियान एहि ओर करे के चाहीं आ फेरू उ वेवस्था लगावे के चाहीं।

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।