पूरब के बेटी वैष्णवी के ”जीना तेरी गली में“

Vaishnavi2साई दीप फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ”जीना तेरी गली में“ 17 मई के रिलीज होखे वाली बा. एहमें एगो असरदार किरदार निभावे वाली वैष्णवी बिहार के छपरा से हई. पूरब के ई बेटी एह फिलिम का चलते एक बेर फेर से चरचा में बिया.

सीपीआई मूवीज के सुजीत तिवारी के प्रस्तुत कइल निर्देशक राजकुमार आर. पांडेय के एह फिलिम में राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार पा चुकल पूरब के बेटी वैष्णवी फिल्म जगत में बहुते बड़ाई बिटोरत बाड़ी. एह फिलिम में वैष्णवी के अभिनय क्षमता के सभतर सराहल जात बा. फिलिम रिलीज होखे से पहिलही लोग कहे लागल बा कि वैष्णवी के अदाकारी उनका के बहुते आगे ले जाई.

वैष्णवी के मानल जाव त फिलिम रिलीज होखते धूम मचा दी.

वैष्णवी के बारे में अधिका जाने ला उनका वेबसाइट पर जाईं www.vaishnavi.webs.com


(मृत्युंजय कुमार त्रिपाठी, छपरा)

1 Comment

  1. chandankumar

    Jay ho bhojpuriya maati

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।