पूरा देश खातिर एकही मेडिकल प्रवेश परीक्षा होखी

सुप्रीम कोर्ट काल्हु इण्डियन मेडिकल काउन्सिल के एह बाति के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ पूरा देश खातिर एकही प्रवेश परीक्षा करावे का तइयारी में लाग जाव. एकही परीक्षा से एमबीबीएस आ एमडी, एमएस के प्रवेश परीक्षा होखी. एह बीच कोर्ट अलग अलग राज्य सरकारन आ निजी मेडिकल कालेज चालवे वालन के दलील सुनी. कुछ राज्य सरकार आ निजी मेडिकल कालेज वाले नइखन चाहत कि अइसनका कवनो परीक्षा करावल जाव जवना में ओह लोग के गुंजाइश खतम हो जाव.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..