पूरा देश में हँसी खुशी का साथे मनावल गइल फगुआ


नयी दिल्ली, पटना, लखनऊ, गोरखपुर, अयोध्या 02 मार्च (वार्ता) रंग अबीर आ मौज मस्ती के त्योहार फगुआ शुक का दिने पूरा देश में हँसी खुशी से मनावल गइल.
बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कुछ दिन पहिले मुजफ्फरपुर के सड़क हादसा में भइल स्कूली बचवन के दर्दनाक मौत का गम में फगुआ ना मनवलें त राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के जेल में बंद रहला का गम में उनुको घरे फगुआ ना मनल.
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ फगुआ का मौका पर गोरखपुर में फगुआ मनवनी. गोरखपुर के नरसिंह शोभो यात्रा में शामिल भइनी. भगवान नरसिंह शोभा यात्रा साल 1945 से निकलत आइल बा आ पाँच किलोमीटर के एह यात्रा के अगुअई हमेशा से गोरक्षपीठाधीश्वर करत आइल बानी. एहघरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुदही पीठाधीश्वर बानी.
सबले खास बाति अबकी ई रहल कि मुस्लिम समुदाय फगुआ का मौका पर सांप्रदायिक सद्भाव बनावे रखला के पहल कइलसि. जुम्मा के नमाज के समय एक घंटा बढ़ा देबे के फैसला खुदे लिहलसि मुस्लिम समाज आ एह पहल ला बधाई के पात्र बनि गइलें. निहोरो रहल कि अगर गलती से केकरो पर रंग के छींटा पड़ जाव त ओकरा के मुद्दा मत बनावल जाव.
वाराणसी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र ह आ एहिजो धूमधआम से फगुआ मनावल गइल.
राज्यपाल राम नाईक राजभवन में होली मनवनी त मुख्यमंत्री रह चुकल आ समाजवादी गोल के अध्यक्ष अखिलेश यादव अपना गांव इटावा के सैफई में. एह मौका पर ऊ अपना चाचा शिवपाल के गोड़ छू के आशीर्वादो लिहलें.
अयोध्या में रामजन्मभूमि मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येन्द्र दास के घर पर मुसलमानो लोग फगुआ मे शामिल भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।