पूर्वांचली आपन हिस्सा मंगले दिल्ली का चुनाव में

ManojTiwari-MP
21 दिसंबर के भाजपा के उत्तरी-पूर्वी दिल्ली से सांसद मनोज तिवारी का घर पर दिल्ली विधानसभा के होखे वाला चुनाव में पूर्वांचलियन के मौजूदा स्थिती आ भागीदारी पर विस्तार से चरचा भइल.

एह बइठक में राज्य सभा सांसद आर के सिन्हा, पूर्वी दिल्ली के मेयर मीनाक्षी, राम नारायण दूबे, भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यअक्ष अजित दुबे, दिल्ली भाजपा प्रवक्ता पूनम आज़ाद, पूर्वांचल मोर्चा दिल्ली के अध्यक्ष दिनेश प्रताप सिंह, भाजपा दिल्ली प्रदेश कार्यकारिणी सदस्य डॉ संजीव तिवारी, मुकेश सिन्हा, रणजीत सिंह, चंद्रशेखर राय, विनय त्रिपाठी, कौशल मिश्रा, विजय भगत आ पूर्वांचल के कार्यकर्ता शामिल भइले. पूर्वांचल मूल के आ दिल्ली में भाजपा के निर्वाचित प्रतिनिधि आ चुनाव लड़ल नेतो मौजूद रहले.

बइठक में पूर्वांचली लोग के विधानसभा चुनाव के उम्मीदवारी में प्रतिनिधित्व पर बल दिहल गइल. दिल्ली में करीब 50 लाख के आबादी बा पूर्वांचलियन के. एह आबादी के भाजपा से जोड़े आ एह लोग के आनुपातिक प्रतिनिधित्व तय करावे पर जोर दिआइल. मांग भइल कि पूर्वांचलियन के बहुमत वाला 27 सीटन में से अधिका पर पूर्वांचल के समर्थ उम्मीदवारन के टिकट टिहल जाव त पीएम नरेंद्र मोदी के 60+ के सपना पूरा हो सकेला.

सांसद मनोज तिवारी वादा कइलन कि एह मांग के माथ नेता लोग का लगे चहुँपा दिहें आ पूरा उमेद बा कि पार्टी एह बात पर गंभीरता से विचारी. बइठक में अजीत दुबे पूर्वांचलियन के मांग आ अधिकार मजबूती से उठवले.


(देवकांत पाण्डेय)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।