पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी)

महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना भइल रहलें. उनुका अइला से मुंबई महानगरपालिका के अगिला चुनाव में भाजपा के भाव बढ़ सके के उमीद जतावल जात बा काहें कि अबहीं ले महाराष्ट्र भाजपा का लगे कवनो दमदार पूर्वांचली नेता ना रहुवे जे ओहिजा रहे वाला पूर्वांचलियन के अपना पाला में समेट सकत रहुवे. महानगरपालिका जीत के भाजपा शिवसेना से आपन हिसाब चुकता कइल चाहत बिया.

उत्तर प्रदेश के राज्यमंत्री उपेंद्र तिवारी आ उनुका परिवार के औरतन का खिलाफ फूहड़ गारी देबे के तीन गो आरोपी मंगल का दिने बलिया के अदालत में सरेंडर हो के जमानत ले लिहलें. बाकिर अब जब मामिला में पाक्सो एक्ट जोड़ा गइल बा त ओह लोग के गिरफ्तारी के गुंजाइश बनि गइल बा. एग मामिला में अब पुलिस मंत्री रह चुकल अंबिका चौधरी आ बलिया जिला पंचायत के अध्यक्ष पद पर जीतल आनंद चौधरी समेत कई जने पर पाक्सो एक्ट का तहत कार्रवाई कर सकेले.

यूपी के योगी राज जइसन रुख अख्तियार कइले असम के हिमंता बिस्व सरमा के सरकारो गुंडा मवालियन पर कवनो रहम करे में विश्वास ना करे. विरोधियन आ लिब्रांडुवन के शिकायत बा कि सरकार निर्दयी बन गइल बिया आ अपराधियन के मार गिरावल शुरु कर दिहले बिया. विरोधी गोलन के कहना बा कि अगर अपराधी पुलिस हिरासत से भागत बा त एकरा खातीर पुलिस दोषी बिया ओह अपराधी के मार गिरावल गलत बा. जानो जोग बा कि पिछला दू महीना में असम में एक दर्जन अपराधीयन के मार गिरावल गइल बा.

कई राज्यन के राज्यपालन के फेराबदली कइला का बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना मंत्रिमंडल के आजु साँझ विस्तार करे वाला बाड़न. दुसरका बेर सरकार बनवला का बाद ई पहिला विस्तार होखे जा रहल बा आ एहमें चुनाव में जाए वाला राज्यन के समीकरण दुरुस्त करे के कोशिश कइल जा सकेला. सुने में आवत बा कि एह विस्तार के मलाई खास क के पिछड़ा वर्ग के मिले जा रहल बा.

जेईई मेन 2021 के तिसरा आ चउथा दौर के टारल इम्तिहानन के करावे के एलान काल्हु केंद्रीय शिक्षा मंत्री डॉ रमेश पोखरियाल निशंक करत बतवलें कि तिसरका दौर के परीक्षा 20 से 25 जुलाई ले आ चउथका दौर के परीक्षा 27 जुलाई से 2 अगस्त का बीच करावल जाई. जे परीक्षार्थी कवनो कारण से एह परीक्षन का ला आपन आवेदन जमा नइखे कइले ऊ आठ जुलाई के रात 11 बजकर 50 मिनट तक तिसरका दौर के आ 9 जुलाई से 12 जुलाई का बीच चउथका दौर ला आवेदन कर सकेलें. अबकी परीक्षा केंद्र पहिले का मुकाबले दुगुना कर दीहल गइल बा.

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तान मिताली राज इंग्लैंड के खिलाफ हाल ही में खेलल गइल वनडे सीरीज में अपना शानदार प्रदर्शन का चलते फेरु आईसीसी महिला वनडे रैंकिंग में माथ पर आ गइल बाड़ी. 22 बरीस के अपना क्रिकेट करियर में मिताली आठवीं बेर माथ पर आइल बाड़ी.

बैंकिंग अउर वित्तीय कंपनियन का शेयरन में लिवाली का चलते काल्हु सेंसेक्स 53129 अंक के नया ऐतिहासिक ऊँचाई छू लिहलसि जबकि आ निफ्टी 15914 अंक छूअला का बावजूद अपना पिछला ऊँचाई से कुछ पहिलहीं थाक गइल. एकरा बाद लिवाली करे वाला मुनाफा काटल शुरु कर दिहलें आ बाजार गिरावट का साथे बंद भइल. रिलायंस इंडस्ट्रीज, टीसीएस आ इंफोसिस जइसन बड़की कंपनियन में बिकवाली रहला से ई हाल भइल. दुनिया के बाजार से जवन संकेत आजु भोर ले आइल बा ओह से लागत बा कि एहिजो के बाजार में बिकवाली जारी रह सकेले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *