पूर्वांचल के जिलन में तेज आंधी-तूफान से दू जने के मौत, फसल के बरबादी

(प्रतीक फोटो)


लखनऊ 30 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के पूर्वी जिलन में शुक के देर साँझ आइल आंधी-तूफान से जनजीवन प्रभावित हो गइल आ कई जगहा बनेरी गिरला से फसल के बरबादी के खबर बा. मऊ आ संतकबीरनगर में एगो औरत समेत दू जने के मौतो हो गइल बा.
कुशीनगर जिला के पडरौना इलाका में अचके में आइल बँड़ेरा आ आन्ही पानी से खेत मे तइयार खड़ा गेंहू के फसल, तिलहन आ दलहन के भारी नुकसान पहुंचल बा. कई जगह बिजली के खंभो गिर गइल.
वाराणसी से मिलल खबर बा कि वाराणसी आ आसपास के इलाकन में शुक के साँझ अचके में मौसम बदल गइल आ तोज आन्ही से कुछ देर ला सबकुछ थथम गइल. लंका चौक आ अउरिओ कई जगहा मकानन का छत पर लगावल विज्ञापन बोर्ड उधिया गइल. एहतियातन थोड़ देर ला बिजली सप्लाई बन्द करे के पड़ गइल.
संतकबीरनगर से मिलल रिपोर्ट का अनुसार मेहदावल इलाका के तुनियहवा गांव के इनामुल हक के 35 बरीस के पत्नी रजिया ओह बेरा अपना घर के दरवाजा पर खाड़ रहली तले दुआरी पर के यूकेलिप्टस के पेड़ टूट के ओकरा पर गिर गइल. बहुते घवाहिल हो चुकल रजिया के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र मेहदावल ले जोइल गइल त डॉक्टर ओकरा के मरल बता दिहलें.
मऊ से खबर बा कि मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका के सुरहूरपुर गांव के 48 बरीस के स्वदेशी राम आंधी का दौरान मोहम्मदाबाद टीसन के पुरवारा क्रॉसिंग का लगे सड़क किनारे गड़हा में गिर के घवाहिल हो गइलें. उनुको के अस्पताल के डॉक्टर मरल बता दिहलें.
बलिया, अम्बेडकरनगर आ जौनोपुर के कई इलाकन में आन्ही से नुकसान होखे के खबर बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *