पूर्वांचल के विकास खातिर बँटवारा के समर्थन कइलन जयराम रमेश

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मनरेगा के निरीक्षण करे यूपी आइल रहलें आ एह दौरान ऊ एह बाति के समर्थन कर दिहलन कि यूपी जइसन बड़हन राज्य के पूर्वी इलाकन के ठीक से विकास खातिर जरूरी बा कि राज्य के बँटवारा कर दिहल जाव.

मायावती राज्य के चार हिस्सा में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र के भेलजले रही बाकिर जब ले विधान सभा से एह बारे में प्रस्ताव पास करा के ना भेजल जाई तब ले केन्द्र सरकार ओह पर विचारो ना कर सके.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।