पूर्वांचल के विकास खातिर बँटवारा के समर्थन कइलन जयराम रमेश

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मनरेगा के निरीक्षण करे यूपी आइल रहलें आ एह दौरान ऊ एह बाति के समर्थन कर दिहलन कि यूपी जइसन बड़हन राज्य के पूर्वी इलाकन के ठीक से विकास खातिर जरूरी बा कि राज्य के बँटवारा कर दिहल जाव.

मायावती राज्य के चार हिस्सा में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र के भेलजले रही बाकिर जब ले विधान सभा से एह बारे में प्रस्ताव पास करा के ना भेजल जाई तब ले केन्द्र सरकार ओह पर विचारो ना कर सके.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..