पूर्वांचल में इंसेफलाइटिस से चार सौ से बेसी के मौत

428 deaths due to encephalitis in Purvanchal

This year 428 deaths due to encephalitis are reported in Purvanchal. Of these 400 deaths were at Gorakhpur Medical College Hospital alone where 268 patients are still admitted due to this fever.

पूर्वांचल में इंसेफलाइटिस से एह साल अबले चार सौ अठाइस आदमी के मौत हो चुकल बा जवना में से चार सौ लोग के मौत अकेले गोरखपुर के मेडिकल कालेज अस्पताल में भइल बा. पिछला दू दिन में गोरखपुर मेडिकल कालेज अस्पताल में एह बीमारी से पीड़ित ३१ गो नया मरीज भरती भइल बाड़े. अबही दू सौ अड़सठ गो इंसेफलाइटिस के मरीज गोरखपुर असप्ताल में भरती बाड़े. दोसरो जिलन का सरकारी अस्पताल में करीब दू दर्जन मरीज इलाज करावत बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।