पूर्वांचल मे स्पोर्ट्स हास्टल बनावल जाई

राज्य के खेलमंत्री नारद राय आजु जौनपुर में राज्यस्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के उद्घाटन करत कहलें कि पूर्वांचल में जल्दिए सपोर्ट्स हास्टल बनावल जाई आ नगर पालिका स्तर पर स्टेडियम बनावल जाई. नारद राय के कहना रहे कि क्रिकेट का चलते देश के दोसर परम्परागत खेलन के बहुते नुकसान पहुंचल बा आ गँवई इलाकन में खेल के बढ़न्ती ला कुछउ नइखे भइल. कहलन कि परम्परागत खेलन के लेके नया नीति बनावल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।