पूर्वी उत्तर प्रेदेश में त्योहार का मौका पर सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम

गोरखपुर मंडल आ अगल बगल का इलाका में दशहरा, दुर्गा पूजा, बकरीद वगैरह त्योहारन का मद्देनजर सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा.
प्रशासन का ओर से कहल गइल बा कि गोरखपुर मंडल के देवरिया, गोरखपुर, महराजगंज, आ कुशीनगर जिलन में दशहरा, दुर्गा पूजा, आ बकरीद के मद्देनजर संवेदनशील इलाकन में पुलिस अधिका सतर्क रही. अइसनका लोग के सूची बना लीहल गइल बा जेह लोग स शांति भंग होखे के अनेसा बा.
गोरखपुर जिलाधिकारी रवि कुमार के निर्देश पर जिला कचहरी में नियंत्रण कक्ष चालू हो गइल बा आ सगरी अधिकारियन के छुट्टी रद्द करत मोबाइल चालु राखे के कहल गइल बा.
प्रवक्ता के कहना बा कि पुलिस महानिरीक्षक के निर्देश पर मूर्ति भसावन के जुलूस का राह में जगहे जगह सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा आ दुर्घटना से बचावे ला बिजली के तार अउरी ऊँच कइल गइल बा. पूजा पंडालन में उमडत भीड पर नजर राखे ला एलआईयू के तैनाती कइल गंइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।