पूर्व मध्य रेलवे में सवारी गाड़ियन का बदले डीएमयू भा ईएमयू

पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक मधुरेश कुमार कहले बाड़न कि अब पुरनका सवारी गाड़ियन का जगहा नया तरीका से बनल डीजल से चले वाला डीएमयू भा बिजली से चले वाला ईएमयू चलल करी, एह नयकी सवारी गाड़ियन में खड़ा होखे के अधिका जगहा होला, दरवाजा बड़हन होला आ हर डिब्बा एक दोसरा से जुड़ल रहेला जवना चलते भीड़ बराबर बँटा जाला आ एके कोच में मारामारी ना होखे. हँ एह गाड़ियन में शौचालय ना होखे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..