पूर्व वित्त मंत्री बने अइलन करोड़पति

देश के पूर्व वित्त मंत्री यशवन्त सिन्हा अबकी हफ्ता महुआ टीवी पर शुक, २२ जुलाई, का दिने देखावल जाए वाला, गेम शो के बनी करोड़पति के खास एपिसोड में एंकर शत्रुघ्न सिन्हा का सामने वाला हॉट सीट पर बइठे जा रहल बाड़न. साथ में रहीहे उनुकर श्रीमती नीलिमा सिन्हा. एपिसोड के शुरुआत स्वतंत्रता सेनानी बाल गंगाधर तिलक आ चन्द्रशेखर आजाद के चरचा से होखी काहे कि २३ जुलाई चन्द्रशेखर आजाद के जन्मदिन हवे. यशवंत सिन्हा पहिला बेर कवनो टीवी शो में शामिल होखीहें. शो का बारे में बतावत शत्रुघ्न सिन्हा कहीहे कि ई आम आदमी के खेल ह. यशवंत सिन्हा इहो जानकारी दीहे कि ऊ दू गो चैरिटी संस्था “प्रयास एजुकेशन” आ अपना माई का नाम पर स्थापित “धना देवी चैरिटेबल ट्रस्ट” खातिर खेलीहें आ जवन ईनाम मिली तवन ओही दुनु संस्था के दे दिहल जाई.

शो का दौरान यशवंत सिन्हा अपना ठुढी पर पड़ल निशान का बारे में बतावत शत्रुघ्न सिन्हा के निशान का बारे में पूछ दीहें. शत्रुघ्न सिनहा बतइहे कि निशान तब पड़ल जब ऊ अपना लड़िकाई में मामा के शेविंग रेजर से आपन दाढ़ी बनावत रहले. अलग बाति कि शत्रुघ्न सिन्हा के बेटी कह देले कि रेखा आंटी के कटला के निशान ह !

यशवंत सिन्हा बतइहे कि कुछ बढ़िया कइल चाहत रहले त सिविल सर्विस छोड़ राजनीति में उतर गइलन आ राजनीति में उनुकर सफलता बतावत बा कि आजुओ देश का राजनीति में प्रोफेशनल लोग खातिर जगहा खाली बा. शत्रुघ्न सिन्हा उनुका बाति के वजन बढ़ावत कहीहे कि अगर बढ़ियका लोग राजनीति में ना आई त खराब लोग के शासन में घुट घुट के जियही पड़ी. बातचीत में यशवंत सिन्हा आ शत्रुघ्न सिन्हा दुनु जने बताई लोग कि एक जमाना में ऊ लोग अटलजी का साथे होली खेलत रहे.

शो का अंत में यशवंत सिन्हा आ नीलिमा सिन्हा एगो गीतो गाई ‘कदम कदम मिलाये जा, खुशी के गीत गाये जा, ये जिंदगी है कौम की तू कौम पे लुटाये जा’.

एह एपिसोड के प्रसारण शुक २२ जुलाई के रात नौ बजे से कइल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।