पेट्रोल के दाम फेरू घटावल गइल

बियफे आ शुक के बीच रात से पेट्रोल के दाम में करीब दू रुपिया प्रति लीटर के कटौती कर दिहल गइल. एह महीना में ई दुसरकी कटौती भइल बा. एह कटौती के आलोचना करत ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि राष्ट्रपति चुनाव का चलते ई कटौती कइल गइल बा आ चुनाव का बाद फेरू दाम बढ़ा दिहल जाई. ओने भाजपा कहले बिया कि खुचखुच कटौती से काम ना चली. एके बार साढ़े सात रुपिया के कटौती कइल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।