पेट्रोल पंप पर अब पांच लीटर के गैस सिलेडरो बेचाई

तेल एवं प्राकृतिक गैस मंत्रालय के अनुमति का बाद अब महानगरन के चुनींदा पेट्रोल पंपन पर पांच लीटर के छोटका रसोई गैस सिलेंडर मिले लागी. मंत्रालय रसोई गैस कनेक्शन पोर्टिबिलिटीओ के अनुमति दे दीहले बावे, शुरूआत मे छोटका सिलिंडर देश के 30 शहरन के चुनींदा पेट्रोल पंपन पर मिल पाई.
बयान में कहल गइल बा कि पांच लीटर वाला रसोई गैस सिलेडर बाजार मूल्य पर बेचल जाई आ सबसिडी वाला सिलिंडर का मुकाबले हर लीटर गैस के दाम दुगुनो ले बेसी होखी.
तेल एवं प्राकृतिक गैस मंत्री एम वीरप्पा मोइली पांच अक्टूबर के बेगलूर मे एह योजना के शुरूआत करीहें,
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।