पेड़ से टकरा के पोखरा में गिरल कार, छह लोग के जान गइल

(प्रतीक फोटो)


गोरखपुर 01 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के बांसगांव इलाकाक्षेत्र में आजु एगो कार सड़क किनारा के पेड़ से जा टकराइल आ एह हादसा में एके परिवार के छह बेकत के जान चलि गइल आ दू जना घवाहिल हो गइलें.
पुलिस बतवलसि कि मलहानपुर गांव का लगे आजु भोरे भइल हादसा कार के बेकाबू हो गइला का चलते भइल आ कार पेड़ से टकरइला का बाद एगो पोखरा में जा गिरल. छह लोग के मौत त ओहिजे हो गइल. दू गो घवाहिल लोग के गोरखपुर जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
हादसा के शिकार सगरी लोग के पहचान गगहा इलाका के छावरिया गाँव के रहे वाला एके परिवार के मुनेश्वर शर्मा (65), उनुकर पत्नी माधुरी, भांजी तान्या (12), भांजा हर्षित (08), भतीजा राकेश (25) आ बेटा पंकज (20 ) के रुप में भइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..