पेड़ से टकरा के पोखरा में गिरल कार, छह लोग के जान गइल

(प्रतीक फोटो)


गोरखपुर 01 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के बांसगांव इलाकाक्षेत्र में आजु एगो कार सड़क किनारा के पेड़ से जा टकराइल आ एह हादसा में एके परिवार के छह बेकत के जान चलि गइल आ दू जना घवाहिल हो गइलें.
पुलिस बतवलसि कि मलहानपुर गांव का लगे आजु भोरे भइल हादसा कार के बेकाबू हो गइला का चलते भइल आ कार पेड़ से टकरइला का बाद एगो पोखरा में जा गिरल. छह लोग के मौत त ओहिजे हो गइल. दू गो घवाहिल लोग के गोरखपुर जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
हादसा के शिकार सगरी लोग के पहचान गगहा इलाका के छावरिया गाँव के रहे वाला एके परिवार के मुनेश्वर शर्मा (65), उनुकर पत्नी माधुरी, भांजी तान्या (12), भांजा हर्षित (08), भतीजा राकेश (25) आ बेटा पंकज (20 ) के रुप में भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।