पैक्स का मनमानी का खिलाफ बीसीओ आ सीओ के घेर राखल लोग

रोहतास जिला के शिवसागर प्रखंड कार्यालय में पैक्स अध्यक्ष के मनमानी का खिलाफ शनिचर का दिने रायपुर चवर के किसान बीसीओ आ सीओ के घेर लिहले आ एक घंटा ले एहलोग के घेरे रखले. एह लोग के कहना बा कि पैक्स अध्यक्ष मनमानी करत कुछ चुनिदा लोगन के पैक्स के सदस्य बनावत बाड़े. लोग प्रखंड कार्यालय मे ताला मार दिहल.

बाद मे बीडीओ डा.अरुण कुमार बतवलन कि दावा आपत्ति 19 अगस्त ले कइल जा सकेला. कवनो बेसी बवाल ना होखे एह ले पुलिस बल के खास इन्तजामो कइल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..