पैक्स का मनमानी का खिलाफ बीसीओ आ सीओ के घेर राखल लोग

रोहतास जिला के शिवसागर प्रखंड कार्यालय में पैक्स अध्यक्ष के मनमानी का खिलाफ शनिचर का दिने रायपुर चवर के किसान बीसीओ आ सीओ के घेर लिहले आ एक घंटा ले एहलोग के घेरे रखले. एह लोग के कहना बा कि पैक्स अध्यक्ष मनमानी करत कुछ चुनिदा लोगन के पैक्स के सदस्य बनावत बाड़े. लोग प्रखंड कार्यालय मे ताला मार दिहल.

बाद मे बीडीओ डा.अरुण कुमार बतवलन कि दावा आपत्ति 19 अगस्त ले कइल जा सकेला. कवनो बेसी बवाल ना होखे एह ले पुलिस बल के खास इन्तजामो कइल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।