पोसुआ अध्यक्ष खोजत कांग्रेस कार्यसमिति

पिछला लोकसभा चुनाव में लगातार दुसरका बेर हार के राहुल गाँधी अध्यक्ष पद तज दिहलन बाकिर पावर इज ए प्वायजन के मोह ना छूटल. आजु कई महीना बाद कांग्रेस के कार्यसमिति एह बाति के चरचा करे में लागल बिया कि केकरा के पोसुआ अध्यक्ष बनावल जाय.

असल में गन्धी परिवार नइखे चाहत कि कांग्रेस ओकरा हाथ से बाहर जाव. पहिले त 90 बरीस के बूढ़ मोतीलाल वोरा के एकर जिम्मा दीहल गइल काहे कि ऊ गन्धी परिवार के हर कुकर्म में शामिल रहत आइल बाड़न आ हजारन घोटालन में से एगो घोटाला नेशनल हेराल्डो वाला घोटाला में उहो एगो आरोपी बाड़न.

ममिला अउऱ अजूराह एहुसे हो गइल बा कि कश्मीर वाला विधेयक पर कांग्रेस में कई गो बड़ नेता खुलेआम गंधी परिवार के लाइन से फरका लाइन धइले बाड़न. एह हालात में परिवार के अनेसा बा कि कहीं कवनो रीढ़ वाला मनई अध्यक्ष के कुरसी पा लिहलसि त ऊ परिवार के एक ओर सरका मत देव.

देखल जाव आजु कवना पोसुआ का मूड़ी पर कांग्रेसी ताज राखत जात बा, बाकिर जेही बनी ऊ ओह ताज के पहिले गंधी परिवार का गोड़ पर रखला का बादे अपना मूड़ी पर राखी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।