‘प्यार कौनो खेल ना ह’ के शूटिंग बिहार में शुरू भइल

राकेश सिने मीडिया प्रा.लि. के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ के शूटिंग एह घरी बिहार में चलत बा. एह फिलिम में सुपर स्टार गायक-नायक खेसारी लाल यादव गेस्ट अपेरियंस मे आइल बाड़े. फिलिम के गाना बहुते बढ़िया बनल बा. कुल एगारह गो गाना बाड़ी सँ जवना के खेसारी लाल यादव, विनोद राठौर, इन्दू सोनाली, खूश्बू जैन के आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा.

निर्माता-निर्देशक राकेश कुमार, गीतकार महेश परदेशी, कृष्णा बेदर्दी, आ श्याम देहाती, संगीतकार एम.एम. ब्रदर, लेखक महेश परदेशी, छायांकन बीरजू चौधरी, नृत्य विशाल, आ फाइट पप्पू कराटे के बा. मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, नेहा श्री, लाडो मधेशिया, जिया खान, अरूण कुमार, मो. आरीफ, भोला, सिराज भगत आ उमेश सिंह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।