‘प्यार झुकता नहीं’ से भोजपुरी परदा पर आवत बाड़े शैलेश सिन्हा

Shailesh-Akshara-PyarJhuktaNahi
यशी फिल्मस् प्रा. लि के बैनर तले बनत निर्माता अभय सिन्हा के फिलिम ‘प्यार झुकता नहीं’ से भोजपुरी परदा पर एगो अउर नायक शैलेश सिन्हा के इंट्री होखत बा. असलम शेख निर्देशित एह फिलिम में शैलेश अभिनेता खेसारीलाल यादव के साथे नजर अइहें. एह फिलिम में शैलेश क नायिका बाड़ी भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह.

गढवा (झारखण्ड) के रहे वाला शैलेश बचपने से फिलिमन के शौकीन रहलन आ अब परदा पर अइला क साथे इनकर सपना पूरा होखत बा. एह फिलिम में शैलेश आ अक्षरा पर एक से बढके एक दृश्य आ गाना फिलिमावल गइल बा. शैलेश के एक्शनो बा एहमें. पहिलके फिलिम अभय सिन्हा के बैनर के मिलल शैलेश आपन सौभाग्य मानत उनुका के धन्यवाद देलें.

वइसे एह फिलिम के मुख्य नायक खेसारीलाल यादव आ नायिका स्मृति सिन्हा हई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।