’प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के शूटिंग बिहार के बाल्मिकी नगर में शुरू भइल

बाबा वैद्यनाथ फिल्म्स के बैनर तले बनत निर्माता, निर्देशक, गीतकार, विनय बिहारी के फिलिम ’प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के शूटिंग बिहार के बाल्मिकी नगर में शुरू हो गइल बा. पूरा तरह से रोमाटिंक ई फिलिम प्रसिद्ध गीतकार विनय बिहारी के बनावल पहिलका भोजपुरी फिलिम होई.

एहमें पवन सिंह आ पाखी हेगड़े पर रोमाटिंक गाना कुल्लु, मनाली, आगरा के ताजमहल, आ दिल्ली के खुबसुरत लोकेशन पर फिल्मावल गइल बा. विनय बिहारी के गीत संगीत मे बनल सगरी गाना सुने वाला आ फिलिम देखे वालन के आकर्षित करी.

एह फिलिम के छायांकन प्रमोद पाण्डेय, आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.

मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, पाखी हेगड़े, अर्चना सिंह, विनय बिहारी, आनंद मोहन, ब्रजेश त्रिपाठी, प्रिया पाण्डेय आ शाहीद शम्स बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..