प्रकाश जैस के तीन गो फिलिम जश्न मनावत बाड़ी सँ

आजुकाल्हु भोजपुरी अभिनेता प्रकाश जैस के तीन गो फिलिम सिनेमाघरन में शानदार बिजनेस करत बाड़ी सँ. एहनी के नाम ह ‘हीरो’, ‘देवरा पे मनवा डोले’ अउर ‘कलुआ भईल सयान’.

एकरे अलावे प्रकाश जैस के तीन गो अउरी फिलिम ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘नागिन’ अउर ‘चिंगारी’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. ‘नागिन’ आ ‘लाल दुपट्टा’ के शूटिंग प्रकाश जैश हाल ही में ख़त्म कइले ह. के॰डी॰ निर्देशित ‘चिंगारी’ फिलिमो जल्दिए रिलीज होखे के उमेद बा. निखिल राज के हिंदी भोजपुरी मिक्स ‘देख के…’ आ निरहुआ संगे ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो में प्रकाश जैस नजर अइहें आ उहो दमदार भूमिका में. कल्पना लाजमी के हिंदी फिल्म ‘कान’ फिलिमो में प्रकाश जैस नजर आवे वाला बाड़न.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..