प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी घूस लेत धराइल


मोतिहारी, 05 अप्रैल (वार्ता). बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आजु पूर्वी चम्पारण जिला में एगो प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी के 65 हजार रुपिया घूस लेते में धर लिहलसि.
ब्यूरो के आधिकारिक सूत्र बतवलें कि पकड़ीदयाल इलाका के राजेपुर नवादा निवासी शिक्षक कृष्णदेव राम ब्यूरो से लिखित शिकायत कइले रहलन कि पिछला नव महीना से उनुकर तलखाह नइखे मिलल आ ओकरा के फेरु चालू करावे का एवज में प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी बिंदा राम बतौर घूस 75 हजार रुपिया मांगत बाड़न.
मामिला के सत्यापन करवला का बाद आरोप सही बुझाइल त पदाधिकारी के गिरफ्तारी ला विशेष टीम बनावल गइल. आजु जब शिक्षक कृष्णदेव राम पदाधिकारी कार्यालय में बिंदा राम के 65 हजार रुपिया घूस देत रहलें ओही घरी ब्यूरो टीम बिंदा राम के रंगे हाथ गिरफ्तार क लिहलसि.
गिरफ्तार अभियुक्त से ब्यूरो कार्यालय में पूछताछ क के उनुका के निगरानी के विशेष अदालत में पेश कइल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।