प्रचारक समरजीत के बेटा के शादी

son-of-Samarjeet-with-brideजानल मानल फिल्म प्रचारक-पत्रकार समरजीत के बेटा आ भोजपुरी फिलिमन के मशहूर लेखक-निर्देशक कुमार विकल के भतीजा गौरव उर्फ राजा के शादी पिछला दिने रानी का संगे धूमधाम से बिहार के वैशाली में भइल.

वधु का स्वागत में एगो समारोह मुजफ्फरपुर में भइल जवना में सिनेमा भोजपुरी के वरिष्ठ कलाकार विजय खरे, उदय भगत, रंजन सिन्हा, राजू यादव, निर्देशक कमर हाजीपुरी, निर्माता डा. उदय शंकर, आमोद बैठा, विशाल आनंद, डा. महेश कुमार, संजीव कुमार सुमन, विकास आनन्द, दीपक कुमार, डा. जगदीश प्रसाद, सुधीर कुमार, सांसद कैप्टन जय नारायन निषाद के पी.ए. हरि शंकर भारती वगैरह अनेके गणमान्य लोग आइल आ वर वधू के आशिर्वाद दिहल.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।