प्रतिघात के बाद आनंद नीरज के बबलू पंडित

भोजपुरिया परदा पर प्रतिघात जइसन सशक्त फिल्म बनावे वाला निर्माता नीरज यादव अहिरा आ राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद गहतराज एक बेर फेरू साथ आइल बाड़े अपना अगिला babloo-pandit-muhurtफिलिम “बबलू पंडित” ला. अनुभव मोशन पिक्चर्स के बैनर में बनत एह फिलिम के शुभ मुहूर्त पिछला दिने गायिका इंदु सोनाली के गावल गाना रिकार्ड करा के कइल गइल. गीतकार आ संगीतकार रहले एस कुमार.

एह फिलिम में शुभम तिवारी, गुंजन पन्त, राजन मोदी, राकेश त्रिपाठी, मोना रे, पूनम दुबे, धीरज मिश्रा, सुबोध सेठ, आ नीरज यादव अहिरा मुख्य भूमिका में बाड़े. सिनेमेटोग्राफर नरेन्द्र पटेल आ कला निर्देशक अंजनी तिवारी हउवें.

आनद गहतराज बतावत बाड़े कि “बबलू पंडित” एगो अनोखा प्रेम कहानी पर बनल फिलिम ह.

मुहूर्त का मौका पर शंखनाद के निर्माता राजीव कुमार, चेतना गहतराज, अखिलेश राय वगैरह लोग मौजूद रहे. अभिनेत्री गुंजन पन्त एह फिलिम में अपना किरदार का बारे में बतवली कि ऊ एगो मासूम लइकी के बा जे नायक शुभम तिवारी से प्यार करतिया बाकिर ओकरा से एकतरफा प्यार करत खलनायक एहमें बाधा बन जात बा.

निर्माता नीरज यादव अहिरा कहले कि फिलिम के कथानक आ संगीत पर काम चालू बा आ फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जाई.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।