प्रदर्शन ला तइयार बा फूहड़ सनीमा

FoohadSanimaaaa
भोजपुरी के अब तक के सबले बोल्ड फिलिम “फूहड़ सिनेमा” प्रदर्शन खातिर तइयार बा. पिछला दिने एकर पहिला झलक जारी भइल त जेही देखल उहे आपन अंगुरी काटे लागल. सिनेमा भोजपुरी त अइसहीं अपना फूहड़पन ला बदनाम ह, ओहपर से एह फिलिम के त पोस्टरे पर लिखात बा कि परिवार संगे देखे मत आईं!

बेटवा बाहुबली जइसन हिट फिलिम से फिलिम बनावल शुरू करे वाली कंपनी विजसन फिल्म्स प्रयोगधर्मी अभिनेता अजय दीक्षित आ ग्लेमर क्वीन अर्चना सिंह के लेके एह “फूहड़ सनीमा” के बनवले बिया. एह मसाला फिलिम के निर्देशको उहे ब्रज भूषण हउवें जिनका के साफ़ सुथर फिलिम बनावे वाला मानल जाला आ जिनका कला व सांस्कृतिक फिलिम बनावे का राष्ट्रीय पुरस्कारो मिल चूकल बा.

“फूहड़ सनीमा” के पोस्टर देखला से त इहे लागत बा कि एहमें फूहड़पन के हद पार हो गइल बा बाकिर असल में ई कतना फूहड़ बा ई त फिलिम देखला क बादे पता चली. अभिनेता अजय दीक्षित के मानी त ई फिलिम सिनेमा भोजपुरी में एगो नया प्रयोग बा आ जइसन चरचा चलत बा एकर ओहसे फिलिम के सफलतो तए लागत बा. नइकी अभिनेत्री अर्चना सिंह एही फिलिम से परदा पर उतरत बाड़ी. उनकर कहना बा कि फिलिम के नाम सुन के पहिले त नकार दिहले रही बाकिर निर्देशक ब्रजभूषण से कहानी सुनला क बाद लागल कि फिलिमी परदा पर उतरे खातिर एहले बेहतर फिलिम ना हो सके.

एह फिलिम के सह निर्माता आर्यन फिल्म एंड म्यूजिक कं .आ शीतल इंटरटेनमेंट ह.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।