प्रधानमंत्री बने के सपना पुरावे का फेर में मुलायम सिहं

यूपीए सरकार के खराब हालत आ देश के छितराइल राजनीति का माहौले में सपा नेता मुलायम सिंह के प्रधानमंत्री बने के सपना पूरा होखत लउकत बा. कहलन कि तीसरा मोर्चा के जरूरत बा काहे कि ना त कांग्रेस ना भाजपा नीत सरकार बनी अगिला चुनाव का बाद. मुलायम त इहो कहलन कि गुजरात में नरेन्द्र मोदी अइसन का कर देखवले बाड़न जवना अखिलेश नइखन कइले. उनका हिसाब से गुजरात में मुसलमान, किसान आ औरतन के विकास में भागेदारी नइखे मिलल. नीतीश कुमार का बारे में मुलायम सिहं के कहना रहल कि चुनाव जीतला क बाद सड़कि के गड़हा भरवावल छोड़ कुछ अउर नइखे कइलन नीतीश कुमार. कहलन कि नरेन्द्र मोदी आ नीतीश कुमार महज कागजी शेर हउवन.

सपा के जीत के राह सुगम करे ला राज्य के नगर विकास मंत्री आजम खान एगो मुस्लिम चार्टर बनवले बाड़न. एहमें उर्दू शिक्षकन के बहाली, हज खातिर अउरी सबसिडी, वक्फ संपति के सुरक्षा, मुसलमानन खातिर दस फीसदी आरक्षण वगैरह शामिल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।