प्रधानमंत्री मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन के उद्घाटन करीहे

भारत के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगल का दिने दिल्ली में होखे जा रहल मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन के उद्घाटन करीहें. बतावल जा रहल बा कि यूपी के मुख्यमंत्री मायावती एह सम्मेलन में अपने ना आ के अपना प्रतिनिधि के भेजीहें. भाजपा शासित राज्य के मुख्यमंत्री एह सम्मेलन में भगवा आतंकवाद के मुद्दा पर सवाल उठा सकेले. केन्द्र सरकार पूरा कोशिश में बिया कि कवनो तरह हिन्दु आतंकवाद के मुद्दा अतना बढ़ा दिहल जाव कि ओकरा सोझा मुस्लिम आतंकवाद छोटहन लागे लागे. एह सम्मेलन में नक्सलवादो पर विचार होखी. केन्द्र सरकार चाहत बिया कि राज्य सरकार ओकरे बतावल दिशा निर्देश पर चल के आतरिक सुरक्षा के समस्या के देखे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।