प्रभुनाथ सिंह जीत गइलें

महाराजगंज लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में राजद उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह अपना मुकाबिले चुनाव लड़े आइल बिहार के मंत्री पी के शाही के लगभग एक लाख सैंतीस हजार वोट से हरा दिहलें. एह चुनाव के नीतीश कुमार अपना नाक के लड़ाई बनवले रहलें बाकिर सफलता हाथे ना लागल. कांग्रेस के उम्मीदवार जितेन्द्र स्वामी कवनो तरह से मुकाबला में ना लउकलें. उनकर हैसियत वोट कटवो जइसन ना बन पावल.

एह हार का बाद उमेद कइल जाव कि नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी के खिलाफ कइल तनिका कम करीहें आ अपना संघतिया भाजपा का संगे कदम ताल मिलावे के कोशिश करीहें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..