महाराजगंज में नीतीश के हार भइल, कहलें लालू प्रसाद
-

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में अपना उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह के शानदार जीत का उमेद से खुश लालू प्रसाद कहलन कि महाराजगंज के हार नीतीश कुमार के निजी हार माने के चाहीं. कहलन कि जनता हमनी ले आगा चलेले आ खुद जनते हरा दिहलसि नीतीश कुमार के लिफाफाबाजी के.

ई खबर लिखत घरी ले चुनाव परिणाम सामने नइखे आइल बाकिर पचास हजार से अधिका वोट के बढ़त बना लिहले प्रभुनाथ सिंह के जीतल तय हो गइल बा. पी के शाही आपन हार पहिलही सकार चुकल बाड़न. कांग्रेस एह फिराक में रहुए कि चुनाव के तिकोनिया बना देव बाकिर अइसन हो ना सकल आ चुनाव जदयू आ राजद का बीच के हो के रह गइल. लागत बा कि नरेन्द्र मोदी के खिलाफत कइला का चलते इलाका के भाजपाई एह चुनाव में सक्रिय ना भइलें आ जदयू ऊ कमाल ना कर सकल जवन करे के सपना देखत रहुवे. अलग बाति इहो बा कि महाराजगंज सीट से राजदे जीतल रहुवे पिछलको बेर आ प्रभुनाथो सिंह तीन बेर जीत चुकल बाड़न एहिजा से. उमाशंकर सिहं के निधन का बाद प्रभुनाथ सिंह के हरावल आसान ना रहुवे काहे कि इलाका में राजपूत वोट भरपूर बा.

ओने गुजरात के दुनु लोकसभा उपचुनाव भाजपा जीत लिहलसि. आ विधानसभा के चारो सीट पर भाजपे के जीत पक्का लागत बा. जाने जोग बा कि ई छहो सीट पहिले कांग्रेस का लगे रहुवे.

पश्चिम बंगाल में हावड़ा सीट पर अब तृणमूल उम्मीदवार निर्णायक बढ़त बना लिहले बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts