प्रवेश खातिर सगुनिया बनारस

PraveshLalसिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा प्रवेश लाल यादव खातिर काशी के पवित्र भूमि हमेशा से सगुनिया रहल बा. उनकर हर फिलिम वाराणसी में बढ़िया व्यवसाय करेले. ’चलनी के चालल दुल्हा’, ’तू ही मोर बालमा’, आ ’हिरो’ सगरी फिलिम वाराणसी में बढ़िया बिजनेस कइली सँ.

अब हालिया रिलीज फिलिम ’टाईगर’ वाराणसी में भारी बरखा का बीचो बढ़िया बिजनेस कर देखवलसि. ई फिलिम आनंद मंदिर (वाराणसी) में पहिला हफ्ता 2,20,000/- के नेट व्यवसाय कइलसि जवन अपना में एगो रिकॉर्ड क्लेक्शन बावे. वाराणसी में निरहुआ के अलावा दर्शक प्रवेशे के फिलिम पसंद करेलें.

’टाईगर’ पूरा यू.पी में बढ़िया बिजनेस बटोरत बिया आ तिसरको हफ्ता एकर कलेक्शन शानदार आवत बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।