प्रवेश खातिर सगुनिया बनारस

PraveshLalसिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा प्रवेश लाल यादव खातिर काशी के पवित्र भूमि हमेशा से सगुनिया रहल बा. उनकर हर फिलिम वाराणसी में बढ़िया व्यवसाय करेले. ’चलनी के चालल दुल्हा’, ’तू ही मोर बालमा’, आ ’हिरो’ सगरी फिलिम वाराणसी में बढ़िया बिजनेस कइली सँ.

अब हालिया रिलीज फिलिम ’टाईगर’ वाराणसी में भारी बरखा का बीचो बढ़िया बिजनेस कर देखवलसि. ई फिलिम आनंद मंदिर (वाराणसी) में पहिला हफ्ता 2,20,000/- के नेट व्यवसाय कइलसि जवन अपना में एगो रिकॉर्ड क्लेक्शन बावे. वाराणसी में निरहुआ के अलावा दर्शक प्रवेशे के फिलिम पसंद करेलें.

’टाईगर’ पूरा यू.पी में बढ़िया बिजनेस बटोरत बिया आ तिसरको हफ्ता एकर कलेक्शन शानदार आवत बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..