प्रवेश लाल के ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ धूम मचा दिहलसि

सिनेमा भोजपुरी के नवजवान सितारा प्रवेश लाल यादव के हालही में प्रदर्शित भइल फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ के धूम आजु काल्हु सगरी बिहार में बा. टॉकी फ्रेमस प्रस्तुत निर्माता-निर्देशक स्वप्नदीप के ई फिल्म बिहार के चालिस गो से अधिका सिनेमाघरन में शानदार व्यवसाय करत बिया. फिल्में प्रवेश के नायिका बाड़ी शुभी शर्मा अउर मेघा घोष.

अबही प्रवेश अपना एगो फिल्म, जवना के अबही नाम तय नइखे, का शूटिंग में दक्खिन भारत के लोकेशन पर बिजी बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।