प्रवेश लाल बनले ‘हीरो’

दक्खिन भारत के चर्चित निर्माता निर्देशक आ भोजपुरी परदा पर कईसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल, शिवा, आखिरी रास्ता आ निरहुआ मेल जइसन सुपरहिट फिलिम देबे वाला सुब्बाराव गोसांगी अपना नयकी फिलिम ‘‘हीरो’’ में सिनेमा भोजपुरी के नौजवान सितारा प्रवेशलाल यादव के ‘‘हीरो’’ बनवले बाड़न. एहमें प्रवेश के एकदम नया लुक नजर आई. रील लाईफ के हीरो प्रवेश एह फिल्म में बड़का परदा पर हीरो वाला कारनामा करीहें आ पहिला बेर ओतना खतरनाक एक्शन स्टंटस भोजपुरी में देखे के मिली.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि. प्रस्तुति आ श्री साई प्रोडक्शन के बैनर तले बनत ‘हीरो’ में प्रवेश लाल यादव, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, जे. नीलम, गोपाल राय, अयाज खान, सीमा सिंह आ सत्य प्रकाश के खास भूमिका बा.

गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, अउर बिपिन बहार आ संगीतकार राजेश रजनीश हउवें. पिछला दिने दक्खिन के अनेके मनोरम जगहन पर एह फिलिम के शूटिंग पूरा कर लिहल गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..