प्रशंसा सुन गदगदा गइली रिंकू घोष

भई भोजपुरी वर्ल्ड में कवनो अभिनेत्री के तारीफ होखो त भला ऊ खुश काहे ना होखी. से फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में कइल भूमिका खातिर आजुकाल्हु रिंकू के सभतर बड़ाई होखत बा. अखबारन, ट्रेड मैग्जीनन आ इंटरनेट का अलावे टेलीविजन का ख़बरों में रिंकू घोष केलुक आ उनकर कइल स्टंटन के खूब तारीफ होखत बा. कहात बा कि रिंकू घोष नया लुक आ माडर्न लुक वाली लड़की के किरदार काबिले तारीफ रहल, रिंकू घोष हमेशा बदलाव भरल किरदार करत आइल बाड़ी, वगैरह वगैरह. आ ई सब सुन के रिंकू गदगदा गइल बाड़ी.

एम.आई राज निर्देशित आ डॉ. विजाहत करीम के बनावल फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में लमहर अरसा बाद रिंकू आ रविकिशन के जोड़ी देखे के मिलल. एकरा पहिले ई जोड़ी ‘बिदाई’ आ ‘बलिदान’ नियर सुपर हिट फिलिम दिहले रहुवे. दुनु खातिर रिंकू के अवार्डो मिलल रहे. ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ फिलिमो में रिंकू घोष गजब के काम कइले बाड़ी. उनुकर एगो डांस त बहुते खास बा एह फिलिम में जवना पर दर्शक झूम जात बाड़े.

अपना बड़ाई से खुश रिंकू अपना आवे वाली फिलिमन में एहू ले कड़ेर मेहनत करे के तय कइले बाड़ी कि अपना प्रशंसकन के निराश ना करीहें.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।