प्रशासन पुलिस से कहलसि कि आरक्षण विरोधियन पर तनिको मुलायमियत नइखे देखावे के

इलाहाबाद जिला प्रशासन पुलिस के साफ निर्देश दिहले बावे कि लोक सेवा आयोग के परीक्षा में भइल आरक्षण प्रक्रिया में बदलाव का खिलाफ आंदोलन करेवालन पर कवनो तरह के मुलायमियत नइखे देखावे के. एह निर्देश का बाद गिरफ्तार विद्यार्थियन के रिहाई त दूर ओह लोग पर अउरीओ संगीन धारा लगा दिहल गइल बा. एहलोग के 22 जुलाई के गिरफ्तार कइल गइल रहे. एह लोग के रिमांड बनावे खातिर एसीजेएम प्रथम मोहम्मद रिजवान अहमद जेले में आके रिमांड बनवलन.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।