प्रसुति घर

– डॉ. कमल किशोर सिंह

सुन्दर सरोबर हो
कि कौनो पंक दल-दल ,
पता केकरा बा कि कहँवा
खिली एगो कमल शतदल।
कठिन बा ई कहल केकर
कहँवा होई प्रसुति घर।

रोडसाइड, बाथरुम भा
साफ़ सुथरा हॉस्पिटल,
झोपड़ी झाड़ी महल ,
कारावास आकि अस्तबल
हमेसा ई असंभव बा कहल
कि कब कहाँ अवतरित होई
कृष्ण क्राइस्ट कर्ण कोई।


डॉ. कमल किशोर सिंह
शिशुरोग विशेषज्ञ,
न्यूयॉर्क, अमेरिका

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..