प्रियंका के गावल गाना ‘माई रे केकरा सहारे’ रिलीज

प्रियंका सिंह

वर्ल्डवाइड चैनल आ जितेंद्र गुलाटी के परोसल भोजपुरी फिलिम आसरा के निर्माता रत्नाकर कुमार अउर सह निर्माता निवेदिता कुमार हउवी. फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़ें रितेश पांडे आ सपना चौहान.

एही फिलिम आसरा के एगो दर्द भरल गाना ‘माई रे केकरा सहारे’ प्रियंका सिंह का आवाज में वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स के यू ट्यूब चैनल पर पिछला दिने रिलीज भइल बा. प्रियंका सिंह के आवाज के प्रशंसक हम तब से हइं जब उनुका के पहिला बेर सुर संग्राम में सुनले रहीं.

आसरा फिलिम के निर्देशन अनंजय रघुराज, पटकथा लेखन राकेश त्रिपाठी, डीओपी जगमिंदर सिंह हुंदल, संगीतकार रजनीश मिश्रा, साजन मिश्रा, अउर शुभम तिवारी, गीतकार रजनीश मिश्रा, आशुतोष तिवारी, शुभम सेगेरावल आ दुर्गेश, संपादक कोमल वर्मा, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, मनोज गुप्ता, दिलीप मिस्त्री, आ महेश आचार्य, एक्शन मास्टर प्रदीप खड़के आ दिनेश यादव, वस्त्र सज्जाकार बादशाह खान हउवें. फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम 3स्टूडियो में भइल बा.

फिलिम आसरा के मुख्यकलाकारन में रितेश पांडेय, सपना चौहान, नेहा पाठक, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, अनिता रावत, साहिल सिद्दीकी, महेश आचार्य, संदीप यादव, संजीव मिश्रा, रंभा साहनी, आ स्वास्तिका राय के नाम खास बा.

अब फिलिम त जहिया आई तहिया देखल जाई, चलीं आजु ई गाना सुन लीहल जाव जवना का बारे में

@rohityadavazad709 लिखले बाड़न कि, ‘ये सिर्फ एक गाना नहीं ये एक संदेश है भोजपुरी फिल्म जगत सहित तमाम फिल्म इंडस्ट्री के लिए भोजपुरी में असीम उचाई और अपरिमित गहराइ है.’
@kesarientertainment6726 के शिकायत बा कि, ‘दुर्भाग्य है हमारे समाज की, ऐसे गाने को सपोर्ट कोई नहीं करता है😢😢😢’Love this song ❤.’
@surajvlogworld01 का राय में ‘जो जो अपने मां से बहुत प्यार करते है वे इस comment को like करेंगे।।❤😢🥀मां मां ❤’
@Adityanishadofficial के कहना बा कि, ‘आपकी आवाज में जादू है दिल छू जाता है 😢😢’.
@MukeshKumar-xz7vw के त आँख भर आइल ई गाना सुन के.
सभकर राय ना देके बस एगो नमूना भर देबे के कोशिश कइले बानी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *