प्रीति जैन के ‘बेदर्दी बालमा’

सन्त बहादुर फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘बेदर्दी बालमा’ के जरिये मधुर भंडारकर प्रकरण से चर्चा में आइल प्रीति जैन भोजपुरी सिनेमा में डेग धरत बाड़ी. फिल्म में उनुकर नायक बाड़ें दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’. निर्माता हउवें सन्त बहादुर, सह-निर्माता रणविजय सिंह आ निर्देशक रतन सिन्हा.

एह फिल्म के कहानी कालेशर कस्बे के जमीनदार ठाकुर हर्षवर्धन से शुरु होखत बा. उनकर दू गो बेटा दिनेश (दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’) आ विजय (दिपेन्द्र विक्रम) बाड़ें. हर्षवर्धन अपना बड़का बेटा दिनेश से दुखी रहेलें काहे कि ऊ आपन जिम्मेदारी के अनदेखी करत गावे बजावे में लागल रहेला. गांवे के देव प्रताप अपना फैक्ट्री खातिर जमीन ला हर्षवर्धन का पीछे पड़ल बा बाकिर हर्षवर्धन कवनो दाम पर ज़मीन बेचे के तइयार नइखन. ओने विजय अपना कॉलेज के दोस्त काजल (रूही) के प्यार में पागल बा आ देव प्रताप के छोट भाई विक्रम (राज मल्होत्रा) दिनेश की प्रेमिका बिरन (प्रीति जैन) पर नजर गड़वले बा. एह चलते विक्रम आ दिनेश में मारपीट होखत बा आ दिनेश के जान चल जात बा. मौका पर विजय जब पहुंचत बा त अपना भाई के हत्या देख परेशान हो जाता बाकिर कुछ कर नइखे पावत. एने काजल विजय के बेवफाई से परेशान बाड़ी. जब ऊ गाँवे आवत बाड़ी त सच्चाई पता चलता. अंत में विजय अपना भाई के हत्या के बदला लेता.

फिल्म के संगीतकार संजय शर्मा आ गीतकार गणेश पाण्डे हउवें. फिल्म में आठ गो गीत बा जवन उदित नारायण, दिनेश लाल यादव, रेखा राव, कल्पना, पूर्णिमा, इंदू सोनाली आ विनोद राठौर गवले बाड़ें. कलाकारन में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, प्रीति जैन, दीपेन्द्र विक्रम, रूही चक्रवर्ती, राज मल्होत्रा, पियूष कान्त, प्रीची, विराट, तेज नारायन शुक्ला के मुख्य भूमिका बा. कोरियोग्राफर निहाल सिंह, फाइट मास्टर बूटा सिंह आ कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती हउवें.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment