प्रीलीम में आरक्षण के असंवैधानिक बतवलसि पटना हाईकोर्ट

एगो दूरगामी फैसला में पटना हाई कोर्ट काल्हु कहलसि कि कवनो बहाली खातिर होखे वाला प्रारंभिक परीक्षा में आरक्षण ना लगावल जा सके. कोर्ट के कहना बा कि आरक्षण के नियम ओही में लगावल जा सकेला जवना के परिणाम पर बहाली होखे वाला होखे जबकि प्रीलीम से त मुख्य परीक्षा ला छँटनी भर होखेला. हालांकि कोर्ट इहो साफ कर दिहलसि कि एह फैसला के अगिला परीक्षा पर लगावल जाई हो चुकल पर ना जवना के मुख्य परीक्षा हो गइल बा ओह पर एह फैसला के लगवला से प्रशासनिक अराजकता पैदा हो जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।