मशरख का स्कूल के जहर कांड में बीमार छात्रन के अस्पताल से छूट्टी मिलल
-

पिछला सोलह जुलाई के मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल में जहर वाला मिड डे मील खा के बीमार पड़ल छात्रन में से बाइस गो के काल्हु पटना मेडिकल कालेज से छूट्टी दे दिहल गइल. अब दू गो विद्यार्थी आ खाना बनावे वाली महिले अस्पताल में रह गइल बाड़ी. एह घटना में तेइस गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल रहुवे. एह घटना का बाद से बिहार में रोजे कहीं ना कहीं खाना मे भा चापाकल में जहर डाले के खबर आवत रहत बा आ सरकार हरान परेशान बिया एह तरह के घटना रोके खातिर.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..