प्रेम का बहाने ‘द कन्वर्जन’ पर फिलिम बनवले विनोद तिवारी

(मुम्बई से संजय भूषण पटियाला)

फिल्म निर्देशक विनोद तिवारी के आने वाली हिंदी फिलिम ‘द कन्वर्जन’ के दुसरको पोस्टर जारी हो गइल बा. एह पोस्टर से लागत बा कि फिलिम रिलीज होखे पहिलहीं विवाद करा दी.

बनारस के पृष्ठभूमि पर बनल एह फिलिम में तिकोनिया प्रेम के कहानी फिलिमावल गइल बा. फिलिम अगस्त 2021 में रिलीज़ होखे ला पूरा से तइयार हो गइल बा.

फिलिम का बारे में निर्देशक विनोद तिवारी के कहना बा कि फिलिम में धर्मांतरण के मुद्दा उजागर करे के कोशिश कइल गइल बा. एकरा मुख्य किरदारन बबलू, देव अउर साक्षी के बीच एगो आम तिकोनिया प्रेमे के कहानी ना हो के प्रेम विवाह का बहाने मजहब बदलावे के साजिश के दुविधा संवेदनशील तरीका से देखावल गइल बा.

फिलिम ‘द कन्वर्जन’ में विंध्या तिवारी, प्रतीक शुक्ला, आ रवि भाटिया मुख्य भूमिका में बाड़ें. साथी कलाकारन में सपना चौधरी, विभा छिब्बर, सुनीता रजवार, अमित बहल, संदीप यादव, सुशील सिंह, विजय त्रिवेदी, अउर मनोज जोशी जइसन काबिल कलाकारन के नाम शामिल बा.

कहानी वंदना तिवारी के लिखल, संगीत अनामिका चौहान के रचल, आ प्रस्तुति निदेशन नवनीत बेहर के बा. राज पटेल, भोजराज नवानी, विपुल पटेल के बनावल फिलिम के नोस्ट्रम एंटरटेनमेंट हब पेश कइले बावे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।