‘प्रेम दिवानी’ 14 जून से बिहार में

team-PremDeewaniमशहूर निर्माता आ वितरक डा. सुनील कुमार के भोजपुरी फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ 14 जून से बिहार में रिलीज होखत बिया. एकर चरचा रिलीज से पहिलही से जारी बा काहे कि एकर साउण्ड डाल्वी डिजिटल कर दिहल गइल बा जवन दोसरा फिलिमन से कहीं अधिका साफ आ बढ़िया सुनाई.

‘प्रेम दिवानी’ फिलिम से सिनेमा भोजपुरी का परदा पर बिहार के चर्चित लोकगायक राकेश मिश्रा पहिला बेर नजर आवे वाला बाड़न. उनकर नायिका बाड़ी रानी चटर्जी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।